शनिचर का दिने बिहार सरकार राज्य में चार गो निजी विश्वविद्यालय खोले के मंजूरी दे दिहलसि. ई मधुबनी, मुजफ्फरपुर, वैशाली अउर कटिहार में खोलल जइहें सँ आ अगिला साल से एहनी में पढ़ाई शुरू कर दीहल जाई.
एह विश्वविद्यालयन के दीहल डिग्री, डिप्लोमा अउर सर्टिफिकेट के यूजीसी, औषधि परिषद, एमसीआई अउर एनसीटीई से मान्यता मिलल रही.