बिहार सरकार जल्दिए बिहार में चार गो नया निजी विश्वविद्यालय खोले के मंजूरी देबे जात बिया. एहमेंं वैशाली जिला में सी.वी. रमण विश्वविद्यालय, मुजफ्फरपुर में
जागेश्वरी मेमोरियल विश्वविद्यालय, मधुबनी में संदीप विश्वविद्यालय अउर कटिहार में अता करीम विश्वविद्यालय खोले ला नो आब्जेक्शन दे दीहल गइल बा.

एकरा अलावे पाँच गो अउर विश्वविद्यालयन का बारे में विचार होखत बा. पटना के बिहटा में एमिटी विश्वविद्यालय स्थापित करे के मंजूरी पहिलही दे दीहल गइल बा.
दक्षिण बिहार केन्द्रीय विश्वविद्यालय अगिला साल से गया के पंचानपुर के अपना नयका परिसर में काम करे लागी. जुलाई ले एकर भवन बन जाए के उमेद जतवले बाड़न कुलपति हरीश चंद्र राठौर.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d