पाँचवा आ आखिरी दौर के वोट 5 नवंबर के पड़े वाला बा आ एह दौर खातिर सभे जी जान लगा दिहले बावे. पिछला चार दौर के चुनाव का बाद भाजपा नीत गठबन्हन उछाह पर बा त महागठबन्हन के चेहरा पर चिन्ता के लकीर लउके लागल बा. एह दौर के वोटिंग ला नव गो जिला के 57 गो सीट पर 827 उम्मीदवार मैदान में बाड़ें. एह दौर के चुनाव मधुबनी, सुपौल, अररिया, किशनगंज, पूर्णिया, कटिहार, मधेपुरा, सहरसा आ दरभंगा में होखे वाला बा.
भाजपा के चुनाव प्रचार के कमान सम्हरले पीएम मोदी आजु तीन गो सभा करे वाला बाड़ें. काल्हु उनकर कवनो सभा नइखे.
एह बीच निर्वाचन आयोग बदजुबानी करे का आरोप में भाजपा अध्यक्ष अमित शाह, कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी अउर राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के नोटिस जारी क के सफाई मंगले बावे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d