बिहार विधान मंडल के बजट सत्र आजु से

बिहार विधान मंडल के बजट सत्र आजु से शुरू होखी आ 4 अप्रेल ले चलावल जाई. आजु पहिला दिने राज्यपाल रामनाथ कोविंद दुनू सदन के संयुक्त बइठक के संबोधित क के एकर शुरूआत करइहें.
भाजपा के नेतृत्व वाला विपक्ष कानून व्यवस्था, किसानी के समस्या आ अउरियो मुद्दन पर आपन आवाज उठाई.
आम बजट 26 फरवरी के पेश होखी.
आजुए हरलाखी विधानसभा उप चुनाव में चुना के आइल रालोसपा के विधायक सुधांशु शेखर कुशवाहा के विधायिकी के किरिया धरावल जाई.
बजट सत्र के दौरान विधान सभा अउर विधान परिषद में आपन-आपन रणनीति बनावे ला सगरी गोल काल्हु आपन आपन बइठकी बोलवलन.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up