पटना 14 मार्च (वार्ता). भभुआ से भाजपा के रिंकी रानी पांडेय कांग्रेस के शंभु पटेल के करीब 16 हजार भोट का अंतर से हरा के एह सीट पर भाजपा के कब्जा बरकरार रखववली. ई सीट उनुके पति आनंद भूषण पांडेय के निधन का चलते खाली भइल रहुवे.

जहानाबाद विधानसभा क्षेत्र से मुख्य विपक्षी पार्टी राजद के उम्मीदवार कुमार कृष्ण मोहन उर्फ सुदय यादव जदयू के अभिराम शर्मा के करीब 35 हजार भोट से हरा के पिछला बेर अपना पिता मुंद्रिका सिंह यादव के जीतल सीट पर राजद के कब्जा हरकरार रखववले. मुंद्रिका सिंह यादव के निधन का चलते ई सीट खाली भइल रहुवे.

एह तरह दुनु सीट पर कवनो फेर बदल देखे के नइखे मिलल.

एही तरह अररिया लोकसभा सीट से राजद के सरफराज आलम जीतल बाड़ें. पहिले ई सीट उनुकार बालिद तस्लीमुद्दीन जीतले रहलें पिछला लोदसभा चुनाव में.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: