घर के तीन बेकत के मौत के खबर सुन के बेहोश भइली पत्नी
आज़मगढ़, 06 मई (वार्ता) आजमगढ़ के कंधरापुर इलाका में कार का चपेटा में आके दादा-पोता के मौत हो गइल आ ई खबर सुन के पहिलहीं से अस्पताल में भरती विकलांग पिता के जान निकल गइल.
पुलिस बतवलसि कि कप्तानगंज के कौड़िया बाजार के रामकुंवर (45 बरीस) के तबियत खराब भइळा पर सदर अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवे. ई खबर सुन के उनुकर पिता राम बिनय (70 बरीस), छोट भाई, आ बेटा हिमांशु (15 बरीस) मोटरसाइकिल से अस्पताल जात रहलें जब सेहदा का लगे ओह लोग के एगो कार से धक्का लाग गइल. एह हादसा में रामबिनय आ हिमांशु के ओहिजे मौत हो गइल आ भाई घवाहिल हो गइलें. एह सदमा से रामकुँवरो के मौत हो गइल. एकही दिन में भइल एह तीन गो मौत के खबर सुन के रामकुवर के पत्नी बेहोश हो गइली.
जौनपुर में मैजिक वाहन सड़क किनारे खड़ा चाचा-भतीजा के कचरलसि, दुनु जने के मौत
जौनपुर, 06 मई (वार्ता) जौनपुर जिला के बरसठी इलाका में आजु सड़क किनारे खड़ा होके बतियावत गोपालपुर के राज कुमार मौर्य (45 बरीस) आ उनुका चाचा लालता प्रसाद मौर्य ( 65 बरीस) के निगोह का तरफ से सरकारी दुकान के शराब लादके आवत एगो तेज रफ्तार मैजिक वाहन कचार दिहलसि. एह हादसा में दुनु जने के मौत हो गइल.. हादसा का बाद मैजिक के चालक फरार हो गइल.
गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार कइलसि 20 हजरिया बदमाश
गाजीपुर 06 मई (वार्ता) पुलिस अधीक्षक सोमेन वर्मा आजु बतवलें कि काल्हु राति क्राइम ब्रांच आ सादात थाना के पुलिस महराजगंज रेलवे क्रासिंग का लगे से लूट आ हत्या के अपराधी वाहिद अंसारी के मुठभेड़ का बाद गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से एगो पिस्टल, मोबाइल, नकदी आ सोना के गहना बरामद भइल बा. पिछला फरवरी में जेल से निकलला का बाद वाहिद अपना साथियन – फैजान अंसारी, दीपक यादव आ पंकज दूबे – का साथे मिलके 24 फरवरी का दिने हरबंश उर्फ पिंटू यादव के हत्या क दिहले रहुवे. ओकरा बाद 24 अप्रैल के बहरियाबाद इलाका के एगो सर्राफा के लूट लिहलसि. फेरु 1 मई का दिने सैदपुर से बहरियाबाद जात एगो आदमी के गोली मारके ओकर नगदी लूट लिहले रहुवे. तीन मई का दिने मिर्जापुर गांव का लगे मोटरसाइकिल पर सवार एगो औरत के सोना के चेन छीनके ओकरा के गोली मारके घवाहिल क दिहलसि. तीने मई के आजमगढ़ जिला के तरवां इलाका के सरायं भाठी निवासी राधेश्याम यादव के जान से मारे का नीयत से गोली चलाके भाग गइल रहुवे.
वाहिद के गिरफ्तार करे वाला पुलिस दल के 20 हजार रुपिया बतौर इनाम देबे के एलान भइल बा.
छपरा में एगो एम्बुलेंस से ढेरहन गांजा बरामद
छपरा 06 मई (वार्ता) सारण जिला के छपरा मुफस्सिल थाना इलाका के नेवाजी टोला चौक का नियरा वाहन जांच का दौरान पुलिस एगो एम्बुलेंस से 140 किलोग्राम गांजा बरामद कइलसि जवना के स्ट्रेचर का नीचे लुका के राखल रहुवे. एही बीच ओकर चालक फरार हो गइल.
देवरिया अपहरण आ बैनामा प्रकरण में उपनिबंधक समेत छह जने गिरफ्तार
देवरिया,06 मई(वार्ता) पुलिस अधीक्षक रोहन पी कनय आजु बतवलें कि देवरिया खास मुहल्ला के दीपक मणि के पिछला 17 अप्रैल के जिला पंचायत अध्यक्ष राम प्रवेश यादव समेत कुछ लोग अपहरण कर लीहल आ ओकरा के डेरवा धमकाके उपनिबंधक कार्यालय में ओकर करीब दस करोड़ रूपिया के सम्पत्ति के बैनामा करा लिहले सँ. एह मामिला में पुलिस चार जने के पहिलहीं गिरफ्तार क के जेल भेज चुकल रहुवे. एह मामिला के मास्टर माइंड जिला पंचायत अध्यक्ष अबहियों फरार बावे. अब काल्हु उपनिबंधक फूलचंद यादव, वरिष्ठ सहायक निबंधक अधिकारी राम शरन सिंह, सहायक निबंधक अधिकारी शोभनाथ राव , कम्प्यूटर आपरेटर शोएब चिस्ती, दस्तावेज लेखक कौशल किशोर आ विनोद तिवारी के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. एह तरह अबले 10 लोग एह मामिला में गिरफ्तार हो चुकल बा.
बलिया में कार आ ट्रैक्टर के भिड़ंत में एगो नवही के मौत आ तीन जने घवाहिल
बलिया, 06 मई (वार्ता) बलिया जिला के हल्दी इलाका में आजु एगो कार आ टैक्टर ट्राली के टक्कर में बिहार के बक्सर जिला में सिमरी इलाका के खरहाटाड़ गांव के अनुपम ओझा (33 बरीस) के मौत ठाँवे पर हो गइल. अनुपम ओझा अपना साथी राहुल तिवारी, विकास पाण्डे आ सोनू पाण्डे का साथे कार से सिवान जात रहलें जब गहलौत बस्ती का लगे ओह लोग के कार के टक्कर एगो ट्रैक्टर ट्रॉली से हो गइल. तीनो दोस्त घवाहिल हो गइल बाड़ें आ एह लोग के अस्पताल में भर्ती करा दीहल गइल बा.