(फाइल फोटो)

रेलवे देश में 12 सितम्बर से 80 जोड़ी ट्रेन के शुरुआत करे जा रहल बा. एह ट्रेनन में कृषक एक्सप्रेस आ चौरीचौरा एक्सप्रेस शामिल बाड़ी सँ. एह गाड़ियन में आरक्षण के शुरुआत 10 सितम्बर से हो जाई. समय सारिणी का बारे में टीसन से पता क लीहल जरुरी बा काहे कि ठहरावन में कुछ बदलाव कइल गइल बा.

कौशाम्बी जिला के पइँसा इलाका में उदिहुन चौराहा पर शनिचर के सबेरे भइल सड़क हादसा में पुरवारी के एगो मोटरसाइकिल सवार को मौत ट्रक से टक्कर का चलते हो गइल.

कैमूर जिला के चाँद इलाका से पुलिस एगो स्कार्पियो से ढेरहन शराब बरामद भइला का बाद ओह पर सवार दू गो तस्करन के गिरफ्तार कर लिहलसि.

पलामू जिला के मेदिनीनगर के बारालोटा लॉज में एगो प्रेमी जोड़ा आत्महत्या क लिहले. प्रेमिका के त मौत हो गइल बाकिर प्रेमी के इलाज चलत बा. ओकरो हालत जब तव के बा.

सारण जिला के मशरक इलाका के बाबू के छपिया गाँव में तुरहा टोला के एगो आदमी मैदाने गइला का दौरान गोड़ बिछला के बाढ़ का पानी में गिर गइल आ डूबला से ओकर मौत हो गइल.

गोण्डा कोतवाली इलाका के मंटेनाला बगिया का नियरा एगो तस्कर से चरस का साथे गिरफ्तार कर लीहल गइल.

कुशीनगर जिला के शहर कोतवाली इलाका में रिलायंस पेट्रोल पंप के नियरा भइल एगो सड़क हादसा में मोटर साइकिल सवार भाजपाई नेता विजय प्रकाश दीक्षित के मौत हो गइल. उनुका मोटरसाइकिल के एगो बोलेरो वाला धक्का मारि के गिरा दिहलसि आ दीक्षित के मौत ठावे पर हो गइल.

मिर्जापुर जिला के हलिया इलाका के परसिया गाँव में अपना खेत के रखवारी करे गइल एगो नवही के लाश भोरे मचान पर बरामद कइल गइल.

भोजपुर जिला के अजीमाबाद इलाका में शनिचर का दिने भइल एगो सड़क हादसा में साइकिल सवार महदौरा के एगो नवही के मौत सामने से आवत मोटरसाइकिल का धक्का से हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: