
बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ सिन्हा के के दावा बा कि अगिला चुनाव एकतरफा होखे जा रहल बा.
यूपी से राज्यसभा खातिर भइल चुनाव में भाजपा के सौय्यद जफर इस्लाम के विजयी घोषिय कर दीहल गइल काहे कि उनुका अलावे दोसर केहू उमीदवारे ना रहुवे.
दलित वोट खातिर होखत धक्कामुक्की का चलते राजग में लोजपा आ हिआपा का बीचे विवाद के शुरुआत हो गइल बा. हिआपा के राजग में अइला से अनसाइल लोजपा जदयू का खिलाफ कुछ सीटन पर आपन उमीदवार देबे के संकेत दिहलसि. एह से नाराज जीतन राम माँझी लोजपा के हुड़की दिहले बाड़न कि अगर लोजपा अइसन करी त उहो लोजपा का खिलाफ आपन उमीदवार खड़ा कर दीहें.
कुशीनगर के रामकोला इलाका के रगड़गंज का लगे छोटकी गंडक में नहाए गइल राजपुर खास के एगो नवही डूब गइल.
कुशीनगर के बरवा पट्टी थाना के लॉकअप से बियफे का दिने हथकड़ी समेत भागल दू गो चोरन के पुलिस शुक का भोरे दुनू के फेरु पकड़ि लिहलसि.
कौशाम्बी के पूरामुफ्ता इलाका में एगो लइकी से बलात्कार आ ओकरा बाद ओकर हत्या कर देबे के मामिा सामने आइल बा.
पश्चिम चंपारण जिला के कंगली थाना हाजत से दू गो नेपाली तस्कर फरार हो गइलें. एहनी के बारह गो मोबाइल का साथे पुलिस गिरफ्तार क के हाजत में रखले रहुवे.
मिर्जापुर के लालगंज इलाका के धनावल गाँव के एगो आदमी मोटरसाइकिल से मिर्जापुर जात रहुवे जब ट्रक से लागल धक्का से बरकछा बाजार का नियरा ओकर मौत हो गइल. ट्रक चालक गाड़ी ले के परा गइल बा.
भोजपुर जिला में कईएक डकैती आ हत्या का मामिला में आरोपी अपराधी सभा टादव के बक्सर जिला के क़ष्णब्रह्म इलाका के अरियाँव गाँव से बियफे देर राति गिरफ्तार कर लीहल गइल.
पश्चिम चंपारण के नौतन इलाका के डबरिया गाँव के एगो नवही बिजली करंट से झउँस गइल रहुवे. घर के लोग ओकरा के ले के बेतिया अस्पताल चहुँपल. बाकिर ओहिजा डॉक्टर ना मिला से नाराज लोग अस्पताल में जम के बवाल काटल.