(प्रतीक फोटो)

बिहार में प्रॉपर्टी डीलर के गोली मारिके हत्या
आरा 19 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के भोजपुर इलाका में दौरागंज के आदित्य कुमार सिंह का घरे आजु सबेरे कुछ बदमाश चहुँपले आ दरवाजा खटखटवले सँ. आ आदित्य जइसहीं दरवाजा खोलले उनुका के गोली मार दिहले सँ बदमाश आ फरार हो गइले सँ. आदित्य के ओहिजे मौत हो गइल.


जहर देके अपना तीन गो बचवन के जान ले लिहलसि
गोपालगंज 19 मार्च (वार्ता). गोपालगंज जिला के भोरे इलाका के तिलकडुमर गांव के एगो औरत ममता देवी पारिवारिक कलह से परेशान हो के अपना तीन गो बचवन – दिग्विजय कुमार (4), शिवांगी कुमारी (5), अउर रणविजय कुमार (3) – के अतवार राति जहर खिया के मार दिहलसि. पुलिस तत्काल कार्रवाई करत ओकरा के गिरफ्तार क लिपले बिया.


एकौना थाना के नया बनल भवन में चौकीदार फांसी लगवलसि.
देवरिया,19 मार्च(वार्ता). देवरिया जिला के थाना एकौना के नया बनल भवन में जगम माझां गाँव के शंकर यादव (72) नाम के चौकीदार के लाश फाँसी के फंदा से लटकत मिलल. ओकर ड्यूटी काल्हु राति थाना भवन के रखवाली ला लागल रहुवे. मामिला के पडताल जारी बा.


गाजीपुर में नाजुक अंग पर ब्लेड चला के पत्नी के घाहिल कइलसि
गाजीपुर,19 मार्च (वार्ता). गाजीपुर के बड़ेसर इलाका के अलावलपुर में अरविन्द शर्मा नाम के आदमी अपना पत्नी का नाजुक अंग पर ब्लेड से वार क के गंभिराह चोट चहुंपवलसि. एह लोग के बिआह 28 मई 2013 के भइल रहुवे आ ओकरा बाद अरविंद विदेश चल गइल रहुवे. ओहिजा से लवटला का बाद आए दिन अपना पत्नी के प्रताड़ित करे लागल. आ बियफे का दिने हद पार करत ओकरा पर ब्लेड चला चला के घवाहिल क दिहलसि. ओकर केशो काट दिहले बा अरविन्द शर्मा. पुलिस मामिला दर्ज क के आरोपी के जोहे में लागल बिया.


आजमगढ में मामूली कहासुनी में भाईए के छूरा घोंपलसि
आज़मगढ़ 19 मार्च (वार्ता). आजमगढ़ के निजामाबाद इलाका में सुल्तानपुर गाँव के बबलू खान के ओकरे भाई मामूली विवाद में छूरा घोंप के जान ले लिहलसि. बतावल जात बा कि हैण्डपम्प लगावे का बाति पर दुनु भाई का बीच महीनन से विवाद चलत रहुवे. आजुवो ओही विवाद में मामिला अजना बिगड़ल की बबलू के भाई ओकरा पर छूरा से वार क के ओकर जान ले लिहलसि. पुलिस लाश पोस्टमार्टम ला भेज के ओकरा भाई के जोहत बिया.


हेरोइन का साथे दू गो नवही धरइले
आरा 19 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के नगर इलाका के शीतल टोला से पुलिस दू गो नवहियन के गिरफ्चार क लिहलसि जब शक का आधआर पर ओहनी के तलाशी लिहला पर दस पुड़िया हेरोइन, एगो देशी कट्टा आ कारतूस मिलल. दुनु से पूछताछ करत बिया पुलिस.


गाजीपुर में करंट लगला से किसान के मौत
गाजीपुर,19 मार्च (वार्ता) गाजीपुर के रेवतीपुर इलाका में बहुरीया पट्टी गाँव के संजय पाल (22) काल्हु देर साँझ अपना खेत पर धान के बोरा वाहन पर लादत रहले जब उपर से जात बिजली तार छुआ गइल आ बहुते झँउस गइलन. उनुका के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बाकिर बचावल ना ता सकल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: