बिहार में भइल हादसन में पिछला एक दिन में नाहियो त एक दर्जन लोग के मौत हो गइल. आठ जने घवाहिल हो गइलें.
रोहतास जिला के डेहरी-ऑन-सोन में टीसन जात घरी एगो ट्रक से कचरा के पुलिस इंस्पेक्टर सियाकांत पांडेय के मौत ठाँवे पर हो गइल.
रोहतासे जिला के विक्रमगंज इलाका में तेंदुली चौक का लगे एगो ट्रक से कचरा के मोटरसाइकिल सवार दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ एगो घवाहिल हो गइल.
पूर्वी चंपारण में सड़क हादसा में दू जने के मौत भइल.
सिवान जिला के जीबी नगर इलाका के डिहियां गांव में बिजली के करंट लगला से दू गो नवहियन के मौत हो गइल.
बाकी मौत गैर भोजपुरी इलाकन में भइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d