कार आ कंटेनर का बीच टक्कर से तीन लोग के मौत
छपरा 06 मई (वार्ता) सारण जिला के दाउदपुर इलाका के भोला ढाला का नियरा काल्हु देर रात एगो कार बेकाबू होके कंटेनर से टकरा गइल आ एह हादसा में दाउदपुर थाना के टेटीहा टोला के शिवनाथ सिंह (50 बरीस), विधायी सिंह (18 बरीस) अउर जानकी देवी (46बरीस) के मौत ओहिजे हो गइल.
सिद्धार्थनगर में तस्करी क के नेपाल ले जाइल जात 17 गो गोवंश बरामद
सिद्धार्थ नगर, 06 मई (वार्ता) सिद्धार्थनगर जिला से लागल नेपाल अंतर्राष्ट्रीय सीमा पर ककरहवा कस्बा का लगे से आजु सशस्त्र सीमा बल तस्करी क के सीमापार नेपाल ले जाइल जात 17 गो गोवंश के मुक्त करवलसि. सीमा बल के देखते तस्कर फरार हो गइले सँ. बरामद पशुअन के कस्टम विभाग का सुपुर्द क दीहल गइल बा.
गाजीपुर में सड़क दुर्घटना में एगो मिस्त्री के मौत
गाजीपुर, 06 मई (वार्ता) गाजीपुर जिला के भुड़कुड़ा कोतवाली इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में आजमगढ़ जिला के सिधारी इलाका के भागीरथपुर गांव के रामसेवक प्रजापति (36 बरीस) के मौत हो गइल. रामसेवक अपना मो़टरसाइकिल में पेट्रोल डलवावे जात रहलन जब भुदकु कोतवाली का नियरा सामने से आवत ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसी. घवाहिल रामसेवक के मौत जिला अस्पताल ले जात में हो गइल.
गोण्डा में गोली मारके विद्यालय लिपिक के हत्या
गोण्डा, 06 मई (वार्ता ) गोण्डा जिला के मनकापुर कोतवाली इलाका में एगो सरकारी विद्यालय में लिपिक के काम करे वाला नारायणपुर के आनन्द शुक्ला (45 बरीस)के कुछ अपराधी गोली मार के जान ले लिहलें. ओह घरी ऊ अपना खेत पर काम करे चहुँपल रहलें. उनुकर पत्नी गाँव के प्रधान रह चुकल बाड़ी.
जौनपुर में ट्रैक्टर ट्राली गड़हा में गिरला से दू जने के मौत
जौनपुर ,06 मई (वार्ता) जौनपुर जिला के सिकरारा चांदपुर गांव में एगो बेकाबू ट्रैक्टर ट्राली खाई में गिर गइल. एह हादसा में ट्राली से दबा के दू जने के मौत हो गइल जबकि एक जने के बचा लीहल गइल. जेसीबी के सहायता से ट्रैक्टर का नीचे दबाइल लाशन के निकालल गइल. बतावल जात बा रि डमरुआ गांव से आज सबेरे लाइन बाज़ार इलाका के सीहीपुर गांव के नन्हकऊ गुप्ता (35 बरीस) ट्रैक्टर ट्राली से टेन्ट हाउस के सामान ले के आवत रहलन जब ई हादसा हो गइल. उनुकर आ विशाल (12 बरीस) के मौत हो गइल.
मऊ में एगो नवही के जरल लाश मिलल
मऊ, 06 मई (वार्ता) मऊ के चिरैयाकोट इलाका के बागदासी बाग में आजु सबेरे एगो नवही के जरल लाश बरामद भइल. लाश देख के लागत बा कि पहिले कवनो धारदार हथियार से ओकर गरदन रेतल गइल आ बाद में ओकर पहचान छिपावे ला ओकर मुँह जरा दीहल गइल बा.
बहिन से बतकही का बाद गाजीपुर के एगो लड़िकी फाँसी लगा लिहलसि
गाजीपुर, 06 मई (वार्ता) गाजीपुर जिला के रेवतीपुर इलाका के डेढ़गांवा में अलाउद्दीन के 13 बरीस के बेटी सिमरन के काल्हु रात कवनो बात पर अपना बड़ बहिन से बतकही हो गइल आ एकरा बाद सिमरन फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. घर के लोग के ई बाति सबेरे मालूम भइल. ॉ
हथियार का साथे तीन गो अपराधी गिरफ्तार
सिवान 06 मई (वार्ता) सिवान जिला के मुफस्सिल इलाका के अमलोरी गांव से पुलिस आजु तीन गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस के खबर मिलल रहुवे कि कुछ अराधी अमलोरी गांव का बगइचा में कवनो वारदात करे के प्लान बनावत बाड़ें. एकरा बाद पुलिस घेरा बंदी क के ऋतिक राज, नीतीश कुमार उर्फ अमित कुमार अउर शिशुल कुमार के दू गो पिस्तौल , कुछ कारतूस आ तीन गो मोबाइल फोन का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.
इलाहाबाद में ट्रक आ बस के भिड़न्त में तीन जने के मौत
इलाहाबाद, 06 मई (वार्ता) इलाहाबाद के थड़ियावं इलाका में इलाहाबाद से कानपुर का ओर जात बस के राष्ट्रीय राजमार्ग -2 पर बिलिन्दा गांव का लगो सामने से आवत एगो ट्रक से टक्कर हो गइल. एह हादसा में बस सवार शाइस्ता बेगम (50 बरीस), मो़ इमरान (37 बरीस) आ बांदा जिला के रहे वाला परिचालक प्रभात कुमार (40 बरीस) के ठाँवे पर मौत हो गइल आ छह लोग घवाहिल हो गइलें. हादसा का बाद ट्रक भाग निकलल.
कार का चपेटा में पड़ के एगो लड़िकी के मौत
सिवान 06 मई (वार्ता) सिवान जिला के कलिंजरा गांव का लगे एगो कार से धक्का लगला का बाद गाँवे के एगो लड़िकी अंशु कुमारी (10 बरीस) के ठाँवे पर पर ही मौत हो गइल. कार चालक के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.