मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत
मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल.
गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत
गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में हाईटेंशन लाईन के तार के चपेटा में आ के मोटरसाइकिल सवार दू गो नवहियन के मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि सेमरा गांव के रियाजुददीन (32 बरीस), मोहन (30 बरीस) आ गोलू (19 बरीस) काल्हु राति एके मोटरसाइकिल पर सवार होके बगल का गाँव में शादी समारोह में शामिल होखे गइल रहलें. लवटति में ई लोग मोहद्दीपुर गांव का लगे खेत में गिरल 11 हजार वोल्टेज का तार का चपेटा में आ गइलें. मोटरसाइकिल पर पीछे बइठल गोलू झटका खाके दूर जा गिरल जबकि रियाजुददीन आ मोहन के झउँसला से ओहिजे मौत हो गइल. मोटरसाइकिलो जर गइल.
अधेड़ एगो नाबालिग के अपना हवस के शिकार बनवलसि
ग़ाज़ीपुर, 08 मई (वार्ता) गाजीपुर जिला के बिरनो इलाका में एगो अधेड़ मुन्नू राम (55 बरीस) अपना गाँवे के एगो 10 बरीस के लड़िकी के अपना घर में बोला के हवस के शिकार बना डललसि. घरे आके ऊ अपना महतारी से ई बाति बतवलसि त महतारी थाना जा के केस लिखवलसि आ पुलिस ओह कुकर्मी के गिरफ्तार कर लिहलसि.
गाजीपुर में झोलाछाप डाक्टर से आपरेशन करावे वाला बूढ़ के मौत
गाजीपुर, 08 मई (वार्ता) गाजीपुर जिला के कोतवाली इलाका में झोला छाप डाक्टर कैलाश बिन्द से हर्निया के आपरेशन करवला का बाद गोड़ा देहाती गांव के रामरुप राम (65 बरीस) के मौत हो गइल. एकरा बाद ओकरा घर के लोग आ के बवाल करे लागल आ ऊ झोलाछाप भाग निकलल. पुलिस मामिला के जांच करत बिया.
सारण के रिविलगंज में 35 गो नाजायज देशी शराब भट्ठी भसावल गइल
छपरा 08 मई (वार्ता) सारण जिला के रिविलगंज इलाका के बैजू टोला, जान टोला, दिलिया रहीमपुर दियारा इलाका में नाजायज देशी शराब बनावे के खबर मिलला का बाद पुलिस छापा मरलसि आ 35 गो भट्ठियन के भसावत पांच हजार लीटर अधबनल शराब, दू सौ लीटर तइयार देशी शराब, छह किलो नौसादर, एक बोरी महुआ आ चार गो साइकिल बरामद कइलसि. मौका पर से दू जने के गिरफ्तारो कइले बिया पुलिस.
बीआरडी प्राचार्य के पत्निओ के जमानत खारिज भइल
इलाहाबाद, 07 मई (वार्ता) इलाहाबाद उच्च न्यायालय आजु बीआरडी मेडिकल कॉलेज गोरखपुर में 30 गो बचवन के मौत का मामिला में ओहिजा के प्राचार्य डॉ. राजीव कुमार मिश्र के पत्नी डॉ. पूर्णिमा शुक्ला के जमानत अर्जी खारिज कर दिहलसि. होम्योपैथिक चिकित्सक डॉ. पूर्णिमा शुक्ला बीआरडी मेडिकल कॉलेज से संबद्ध बाड़ी. आ उनुका पर आरोप बा कि कॉलेज के हर मामिला में दखल देत रहली आ बिना कमीशन लिहले कवनो बिल के पास ना होखे देत रहली.
गोरखपुर में ट्रक से पिकअप टकराइल, चालक के मौत
गोरखपुर, 07 मई(वार्ता) गोरखपुर के सहजनवा इलाका के पिपरौली चौकी का लगे कालेसर पर फोरलेन का किनारे से मोहम्मद फारूक आपन निजी पिकअप में माल लादके दिल्ली से बिहार खातिर निकलल रहे जब ओकर पिकअप खड़ा ट्रक से टकरा गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. फारूक अमेठी जिले के जायस क्षेत्र के बिबडाला गांव के रहे वाला रहल.
कुशीनगर में ट्रक आ कार के टक्कर में महिला के मौत
कुशीनगर, 07 मई (वार्ता) कुशीनगर के तरयासुजान इलाका में एगो ट्रक आ कार के टक्कर में कार पर सवार एगो महिला के मौके पर मौत हो गइल आ दू लोग घवाहिल हो गइलें. बिहार के गोपालगंज के रहेवाला शंभू साह अपना लग्जरी कार से पत्नी का साथे गोरखपुर में एगो शादी में गइल रहलें आ लवटत में उनुकर कार फोरलेन पर पुरनका सेल टेक्स बैरियर का लगो एगो ट्रक से टकरा गइल. एह हादसा में उनुका पत्नी मनोरमा देवी के मौत हो गइल आ शंभू साह आ कार चालक घवाहिल हो गइलें.
भाजपा पर आपत्तिजनक टिप्पणी करे वाला गिरफ्तार
बलिया, 07 मई (वार्ता ) बलिया जिला के रसड़ा इलाका के अरमान अली के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा. अरमान का खिलाफ केस लिखवावल रहुवे कि ऊ दू दिन पहिले सोशल नेटवर्किंग साइट फेसबुक पर भाजपा का खिलाफ आपत्तिजनक आ बेहूदा भाषा में टिप्पणी लिखले रहुवे.
आईआईटी-बीएचयू के सॉफ्टवेयर से भोजपुरी मैथिली मगही से हिंदी अनुवाद आसान भइल
वाराणसी, 07 मई (वार्ता) काशी हिंदू विश्वविद्यालय के भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईटी) एगो अइसन सॉफ्टवेयर बनवले बा जवना से भोजपुरी, मैथिली आ मगही भाषा से हिंदी में अनुवाद कइल आसान बना दीहल गइल बा.
आईआईटी-बीएचयू के निदेशक प्रो0 राजीव संगल सोमार का दिने एह सॉफ्टवेयर के लोकार्पण कइलें.