सत्ता के गुमान आ प्रशासन के बेबसी से मनबढ़ू बनल लोग काल्हु गोपालगंज, मीरगंज आ सिवान में श्रीरामनवमी के जुलूस पर ढेलामारी कइले आ उपद्रव मचवले. बेबस प्रशासन बवालियन पर कड़ाई करे का जगहा समुझावे बुझावे में लागल रहल आ जुलूसे के रोके लागल. एह चलते कुछ देर ला बवाल बेकाबू बन गइल. हालात बिगड़े लागल तब जा के प्रशासन कड़ाई देखवलसि आ मामिला सम्हरलसि.

मीरगंज में दरगाह रोड के मस्जिद का लगे से गुजरत शोभा यात्रा पर कुछ म्लेच्छ ईंटा रोड़ा फेंके लगलन. एकरा बाद दुनू तरफ से गोलबन्दी होखे लागल. गोपालगंज आ सिवेनो में अइसने भइल. सिवान में नवलपुर में जुलूस पर ढेलामारी भइला का बाद तनाव पसर गइल. पुलेस पहिले त अखाड़ने का रोक दिहलसे बाकिर जब बजरंग दल के कार्यकर्ता टाउन थाना में चहुंप के विरोध जतवलें तब तीन घंटा बाद शोभा यात्रा के निकला दीहल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d