बिहार में लालू के समर्थन से बने जा रहल नीतीश सरकार के किरिया धराई से पहिलहीं बिहार में गुण्डागर्दी आ जबरदस्ती के बोलबाला हो गइल बा. पिछला दस साल से सत्ता से अलग रहल राजद समर्थक अब आपन मनमानी शुरू क दिहले बाड़ें.
एह सब गुण्डागर्दी का खिलाफ भाजपा के बड़का नेतन में शामिल सुशील मोदी चिन्ता जतवले बाड़न आ पुलिस महानिदेशक से गोहार लगवले बाड़न कि राजनीतिक रंजिश का चलते एनडीए समर्थक का साथे होखे वाला मारपीट आ हिंसा के रोकल जाव आ दोषियन का खिलाफ कड़ा कार्रवाई होखे. कहलन कि पिछला दू तीन दिन से राज्य भर में एह तरह के हिंसा के खबर आवे लागल बा.