मैरवा, गोपालपुर आ गोरियाकोठी से हत्या आ अपराध के खबर

सिवान जिला के गोरियाकोठी इलाका में एगो नवही अपना प्रेमिका के एह बात ला हत्या क दिहलसि कि उ ओकरा से शादी करे ला तइयार ना रहुवे.
मैरवा इलाका के मेन बाजार में जमीन के झगड़ा में कुछ बदमाश एगो मिठाई दुकानवाला के गोली मार के हत्या क दिहले.
गोपालगंज जिला के महम्मदपुर इलाका के गोपालपुर बाजार में कुछ बदमाश एगो सिमेंट व्यवसायी के हत्या क दिहले.
पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल में डाकबंगला इलाका में एगो दुकान से चौतीस गो गैस सिलिंडर बरामद भइला का बाद दुकानदार के गिरफ्तार क लीहल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up