मोतिहारी के बनकट गांव में हरदेव चौधरी के घरे अतवार देर रात डकैती पड़ गइल. डकैत घर में घूस के सगरी बेकत के बंधक बना लिहले सँ आ मारपीट के कई जने के घवाहिल कइला का बाद सात लाख के नकदी आ गहना लूट ले गइले सँ. घवाहिल परिवार वालन के एगो नर्सिंग होम में भरती करावल गइल बा.
एह मामिला में घर के मालिक अपना समधी शंभू सहनी आ समेत छह जने पर केस लिखववले बाड़ें. उनुकर कहना बा कि उनुका बिचला बेटा के बिआह रघुनाथपुर गांव के शंभू सहनी के बेटी से भइल रहुवे. छोटका बेटा पिछला दिने रघुनाथपुर गइल त ओकरा के दू कट्ठा जमीन देबे के लालच देत अपना बेटी से बिआह करे के दबाव बनवलन शंभू सहनी. एह पर लड़िका के बाप ऊ तइयार ना भइलन त पिछला रात ऊ पाँच छह आउरी बदमाशन के ले आके घर पर हमला कर दिहलसि.
पुलिस के कहना बा कि मामिला के जाँच कइल जात बा आ सचाई जाने के कोशिश होखत बा.