मधुबनी जिला के हरलाखी विधान सभा सीट पर उप चुनाव 13 फरवरी के करावल जाई. चुनाव आयोग एकर कार्यक्रम घोषित क दिहलसि. वोट के गिनिती 16 फरवरी के होखी.
चुनाव के अधिसूचना 20 जनवरी के जारी होखला का बाद 27 तारीख ले परचा दाखिल करावल जा सकी. 28 के जांचल जाई आ 30 तारीख ले नाम वापस लिहल जा सकी.
एही तारीखन पर नौ गो राज्यन में खाली 12 गो विधान सभा सीटन के उप चुनाव होखे जात बा.