पटना, 26 अप्रैल. बियफे का दिने इन्कम टैक्स विभाग पटना में छापा मार के फेयर ग्रौ होल्डिंग प्राइवेट लिमिटेड के 3 करोड़ 67 लाख के संपति जब्त क लिहलसि. एह कंपनी से लालू खानदान के चार बेकत के नाम जुड़ल रहल बा.
अब आयकर विभाग चारा घोटाले में जेल के सजा काटत लालू प्रसाद के दुनु बेटा – तेजप्रताप आ तेजस्वी – से शुक का दिने पूछताछ करे वाला बा. दुनु जने के नोटिस भेज दिआइल बा. एह लोग के 23 अप्रैलो के बोलावल गइल रहुवे बाकिर दुनु में से कवनो जना ना चहुँपले.
बतवले रहे लोग कि घर में सभे तेजप्रताप के बिआह का तइयारी में लागल बा आ अबहीं हाजुर नइखे हो सकत लोग.