नयी दिल्ली, 24 अगस्त (वार्ता). रेलवे होटल का निविदा में घोटाला करे का मामिला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) ने ओह घरी रेलमंत्री रहल आ एह घरी चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद यादव का संगही उनुका मेहरारु आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी यादव आ महागठबन्हन सरकार में बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल उनुकर बेटा तेजस्वी यादव आ अउरिओ बेकत का खिलाफ आरोप पत्र काखिल कर दिहलसि.
एह मुकदमा में केन्द्रीय मंत्री रहल आ राष्ट्रीय जनता दल के राज्यसभा सदस्य प्रेमचंद गुप्ता आ कुछ अउरिओ लोगन पर आरोप पत्र दाखिल भइल बा.
ईडी के कहना बा कि एह मामिला में डिलाइट मार्केटिंग के 44.75 करोड़ रुपिया के संपत्ति जब्त कइला के पुष्टिओ सक्षम अधिकारी क दिहले बाड़ें.
लालू यादव के रेलमंत्री रहत घरी भारतीय रेलवे खानपान आ पर्यटन निगम (आईआरसीटीसी) के दू गो होटल के चलावे खातिर पटना के कंपनी डिलाइट मार्केटिंग के दे दीहल गइल रहे. बाद में एकरा के सुजाता होटल्स के हस्तांतरित क दीहल गइल रहे. डिलाइट मार्केटिंग अब आपन नाम लारा (लालू-राबड़ी ?) प्रोजेक्टस रख लिहले बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: