भाजपा नेता विशेश्वर ओझा के हत्याकांड का मामिला में भोजपुर जिला के स्थानीय अदालत गो फरार अछरंगियन का घरे कुर्की जब्ती करे के आदेश दिहले बिया. काल्हु एगो अछरंगी उमाकांत मिश्र अपर न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत में सरेंडर कर दिहलसि. अबले दू जने सरेंडर क चुकल बाड़ें आ एगो के पुलिस ध चुकल बिया.

ओने नाबालिग छात्रा से कुकर्म मामिला में नवादा के राजद विधायक राजबल्लभ यादव अबले सरेंडर नइखे कइले. एह बीच पुलिस ओकरा बेटे के साक्ष्य छुपावे के दोस लगावत हिरासत में ला लिहले बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: