सिवान जिला के रघुनाथपुर इलाका के नवादा गांव में बियफे का रात छत से गिरला का चलते पैंतालिस साल के मुसाफिर कमकर के मौत हो गइल. बतावल जात बा क छत पर सुतल मुसाफिर पेशाब उसाब करे खातिर उठल होखी आ नीद में भकुआइळ होखला का चलते अंदाज ना लागल होखी आ उ छत से आंगन में गिर गइल. घर वाले घवाहिल मुसाफिर के तुरते अस्पताल ले गइले जहाँ ओकर मौत हो गइल.