सूर्योपासना के महापर्व डाला छठ बुध से शुरू

पटना 05 नवम्बर (वार्ता) सूर्योपासना के चार दिन के महापर्व कातिक के छठ बुध का दिने शुरू हो जाई.

पहिला दिने बुध के नहाय खाय के व्रत होला . दोसरा दिने दिन भर के उपवास खरना होला आ रात में एक बेर दूध गुड़ से बनल खीर खाइल जाला. जब ले चन्द्रमा नजर आवेले तबले पानी पीयल जा सकेला आ ओकरा बाद शुरु हो जाला 36 घंटा के निराहार व्रत.

छठ महापर्व के तिसरका दिने व्रतधारी डूबत सूर्य के नदी भा तालाब मे खड़ा हो के पहिला अर्घ्य अर्पित करेले. ओकरा बाद चउथा दिने सबेर में नदी भा तालाब में खड़ा होके उगत सूर्य के दुसरका अर्घ्य दीहल जाला. एकरा साथ ही निराहार व्रत पूरा हो जाला आ व्रती लोग अन्न ग्रहण करेला.

परिवार के सुख समृद्धि आ कष्ट निवारण ला कइल जाए वाला एह व्रत के खासियत इहो ह कि एकरा ला कवनो पंडित पुरोहित के जरूरत ना पड़ेला. ना ही कवनो तरह के मंत्रोच्चारण होला.

Loading

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up