पटना, 26 अप्रैल. नयी दिल्ली से जयनगर जात स्वतंत्रता सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे डकैती पड़ल.
बतावल जात बा कि कुछ हथिारबंद लुटेरा सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे सवारियन से जम के लूटपाट कइलें आ जे विरोध कइल ओकरा से मारो पीट क के घवाहिल कर दिहले सँ.
पुलिस सूत्र बतवलें कि एह डकैती में पाँच लाख रुपिया के गहना, संपति आ नकदी लूट ले गइले सँ. कवनो लुटेरा धराइल नइखे आ पुलिस ओहनी के जाने धरे में लागल बिया.