काल्हु बियफे का दिने सोनपुर के मशहूर हरिहर क्षेत्र मेला विधिवत खतम हो गइल. एह मौका पर आयोजित एगो कार्यक्रम में गजल गायक पंकज उधास के गायकी सभका के झूमा के राख दिहलसि. उनुकर गजल सुने ला हजारन के भीड़ जुटल रहुवे मेला में.

बत्तीस दिन से चलत एह मेला के समापन का मौका पर मेला के सकुशल सम्हारे खातिर पुलिस आ प्रशासन के अधिकारियन के सम्मानितो कइल गइल.

मेला में लागल स्टाॅलन में सबले बढ़िया सरकारी स्टाॅल होखे के पुरस्कार ग्रामश्री मंडप के मिलल. स्वास्थ्य विभाग के दुसरका आ पीएचईडी अउर सूचना जनसंपर्क के तिसरका पुरस्कार मिलल. गैर सरकारी स्टाॅलन में बीआरआई पम्प के पहिलका, उषा के दुसरका आ नवरत्न तेल अउर एवेरेडी के स्टाॅलन के तिसरका पुरस्कार दीहल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up