हथियार का साथे तीन गो अपराधी गिरफ्तार

सिवान 22 फरवरी (वार्ता) सिवान जिला के गोरियाकोठी इलाका के मुस्तफाबाद बाजार का नियरा से पुलिस आजु तीन गो अपराधियन के गिरफ्तार कइले बिया.

पुलिस वालन के कहना बा कि सूचना मिलला पर कि मुस्तफाबाद बाजार का लगे कुछ अपराधी कवनो बड़ घटना अंजाम देबे का इरादा बिटुराइल बाड़ें. एकरा बाद पुलिस ओह ठिकाना के घेराबंदी क लिहलसि. पुलिस के देखते अपराधी फरार होखे के कोशिश कइलें बाकिर पुलिस चहेटा क के तीन गो अपराधी सोनु कुमार , मंटू कुमार, आ विनय के धर दबोचलसि.

गिरफ्तार अपराधियन का लगे से एगो पिस्तौल आ मोटरसाइकिल बरामद भइल बा. ओहनी से पूछताछ कइल जा रहल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up