पटना 27 फरवरी(वार्ता). बिहार विधानसभा में मंगल का दिने विपक्ष के भारी शोरगुल आ हंगामा के बीच वित्त वर्ष 2018-19 खातिर पेश एक लाख 76 हजार 990 करोड़ रुपिया के बजट में 21 हजार 311 करोड़ रुपिया के राजस्व बचत के अनुमान का बावजूद सड़क, बिजली आ शिक्षा पर खूब खरचा करे के प्रस्ताव बा.
विधानसभा में वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी वित्त वर्ष 2018-19 के 176990.27 करोड़ रुपिया के बजट पेश कइलन जवन पिछला बजट का मुकाबले 16904.58 करोड़ रुपिया बेसी बा. एह बजट में शिक्षा विभाग पर 32125.64 करोड़ रूपिया, सड़क निर्माण पर 17397.67 करोड़ आ बिजली पर 10257.66 करोड़ रूपिया खरचे के प्रावधान कइल गइल बा.
बजट में अनुसूचित जाति-जनजाति,अल्पसंख्यक, पिछड़ा, अतिपिछड़ा आ समाज कल्याण से संबंधित विभागन पर 10188.54 करोड़ रूपिया खरचा के प्रस्ताव बा. एही तरह स्वास्थ्य विभाग ला बजट में 7793.81 करोड़ रूपिया के प्रावधान बा.