In just concluded civic polls in Rajsthan Congress has fared badly winning just 49 0ut of 126 civic bodies. BJP has won 57 while 20 have been won by others.

लाख जोर लगवला का बादो राजस्थान का नगर निकाय चुनाव में कांग्रेस के हार के सामना करे के पड़ल बा. कुल १२६ गो नगर निकाय के चुनाव करावल गइल रहे जवना में भाजपा ५७ गो जीत लिहलसि आ कांग्रेस के ४९ गो भेंटाइल. बाकी २० गो नगरनिकाय निर्दलीय आ दोसरा दलन के भेंटाइल बा.

जीत का उछाह में वसुन्धरा राजे कहले बाड़ी कि चुनाव से साफ पता चल गइल कि कांग्रेस सरकार के काम से जनता खुश नइखे.

महारानी जी, खुश त रउरो काम से ना रहुवे, तबहिये नू रउरा विधानसभा हार गइल रहीं !

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d