बलिया टीसन पर शुक का दिने प्लेटफार्म संख्या 2 पर एगो अधेड़ के मौत पाला से ठिठुर के हो गइल. बतावल जात बा कि बियफे साँझे से ओकर लाश प्लेटफार्म पर पड़ल रहुवे बाकिर केहु ओहपर धेयान ना दीहल. आवत जात लोग ओकरा के सूतल सोच आगे बढ़ जात रहुवे. बाकिर शुक का दिन में तय हो गइल कि ओकर मौत हो गइल बा तब जा के रेल पुलिस ओकर लाश हटवलसि. मरे वाला के कवनो पहचान नइखे हो पावल. ओकरा लगे कवनो सामानो ना रहुवे एह से लागत बा कि ऊ माँग चुंग के जिए वाला मनई होखो.

जौनपुर जिला के कबीरपुर गाँव में चालीस बरीस के एगो आदमी के मूड़ी कूंच के हत्या कर दीहल गइल. पुलिस के कहना बा कि हत्या कतहीं अउर क के लाश एहिजा फेंक गइल बाड़े सँ हत्यारा. ओकर पहचान जाने के कोशिश होखत बा.

मिर्जापुर में गोपालपुर मड़गुड़ा गाँव के एगो नवही के मौत साल के पहिला दिने बोलेरो से कचरा के हो गइल. दू भाई साइकिल से बाजार क के लवटत रहलें जब पीछे से आवत एगो बोलेरो कचारत निकल भागल. बड़का भाई के मौत ठाँवे पर हो गइल. छोटका भाई के गंभीर हालत में वाराणसी रेफर कइल गइल बा.

जौनपुर के गनेशपुर नहर का नियरा शुक के साँझे एगो सराफा कारोबारी के असलहा देखा के लाखों के गहना आ नगदी लूट ले गइले सँ अपराधी. अपराधी दू गो मोटरसाइकिल प रहले सँ आ कवनो पर नंबर ना रहुवे.

गाजीपुर के फौलादपुर गाँव जाए वाला चकरोड पर शुक के रात एगो नवही के गोली मार के अपराधी मोटरसाइकिल से भाग गइले सँ. घवाहिल नवही के वाराणसी के एगो नर्सिंग होम में भरती करावल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: