पश्चिम चंपारण के कुछ जगहा छापा मार के एसएसबी पांच किलो चरस आ सत्रह किलो गांजा का साथे दू गो तस्करन के गिरफ्तार कइले बिया.
पूर्वी चंपारण जिला के पताही इलाका के सराठा गांव में नक्सली एगो पूर्व सैनिक किसान का घर प पर्चा साट के पचास हजार रूपिया के लेवी मंगले बाड़े सँ.
जौनपुर जिला के सिकरारा इलाका में बरगूदर पुल का नियरा दुपहिया पर सवार दू गो भाईयन के मौत ट्रक से कचरा के हो गइल.