पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी से जिला शिक्षा पदाधिकारी कार्यालय में काम करत क्लर्क संजीव कुमार आ चपरासी आलोक कुमार के घूस लेत ध लिहलसि निगरानी विभाग. दुनू जने एगो नियोजित शिक्षक के तनखाह जारी करे ला घूस मंगले रहले. क्लर्क का लगे से बीस हजार आ चपरासी का लगे से दस हजार रुपिया मिलल.
कैमूर जिला में मोहनिया पुलिस नेशनल हाइवे पर बालू लदले जात दस गो ओवर लोडेड ट्रक जब्त क के तीन लाख रुपिया जुर्माना वसूललसि.
पश्चिम चंपारण जिला में इंदिरा आवास योजना के लाभार्थियन से नाजायज वसूली करे के आरोप में नरकटियागंज प्रखंड के धूम नगर पंचायत के मुखिया बिकाउ साई आ पुरनका मुखिया अजहर मियां का खिलाफ केस दर्ज कइले बिया पुलिस.