(प्रतीक फोटो)

गाजीपुर, 17 मार्च (वार्ता) गाजीपुर के बहरियाबाद इलाका में एगो नवहिन के लाश गाँव का बाहर खेत में फेंकल मिलल बा.

पुलिस से पता चलत बा कि बघांव गांव के दीपचंद के 21 बरीस के बेटी चंदना काल्हु सबेरे दस बजे दिशा मैदान ला बाहर निकलल रहुवे. ओकरा बाद ओकर कवनो पता ना चलल. घर के लोग ओकरा के खोजत रहुवे.

आजु सबेरे ओकर लाश गांव का बाहर एगो खेत में फेंकाइल मिलल. लाश के गरदन आ पेट पर धारदार हथियार से चोट के निशान बा. दलित नवहिन के हत्या के खबर पा के पुलिसा महकमा में हड़कंप मच गइल. सीओ सैदपुर, मुन्नी लाल गौड़ मौका पर पहुंचले. उनुकर कहना बा कि ई हत्या के मामिला बा. कुकर्म भइल बा कि ना से रिपोर्ट अइला का बादे कहल जा सकी.

घर वाले कुछ बतावत नइखन. ओकर अबहीं बिआह ना भइल रहुवे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d