गोपालगंज जिला के 22 बरीस के एगो नवही महफूज आलम के अतवार का दिने एनआईए दिल्ली में गिरफ्तार क लिहलसि. आलम प आरोप बा कि ऊ लश्करे तौयबा के एगो आतंकी शेख अब्दुल नइम के तह से सहायता कइलसि. ओकरा के धन दिअवलसि, पनाह दिहलसि आ आए जाए के सहूलियत दिअवलसि. ओकरे कार्ड का सहारे नइम के विदेशन से धन मिलल जवना से ऊ आपन आतंकी काम कइलसि.
आतंकियन के गिरोह के भेद गोपालेगंज के बेदार बख्ल का गिरफ्तारी का बाद ओकरा से पूछताछ कइला से पता चलल. एह गिरोह में वइसन नवहियन के शामिल कइल जाला जवनन प आसानी से शक ना कइल जा सके काहें कि ओकना का खिलाफ पहिले से कवनो अपराध करे के केस ना होखेला.