बलिया नगर से विधायक आ सपा सरकार में मंत्री रहल नारद राय का खिलाफ फर्जीवाड़ा करे का आरोप में आखिरकार केस लिखे के पड़ गइल बलिया पुलिस के. नारद राय पर आरोप बा कि उ अपना चुनाव के परचा में गलत जानकारी दिहले बाड़न.

साल भर पहिले पूणे में एगो नाबालिग से कुकर्म के अछरंगी बदमाश काल्हु बुध को दिने पुलिस का हाथे लागिए गइल. ई बदमाश आपन नाम बदल के वाराणसी के केशवनगर में रहत एह आदमी के पूणे पुलिस आ के गिरफ्तार कर लिहलसि आ अदालत से ट्रांजिट रिमांड करा के पूणे ले गइल.

मिर्जापुर के पानदरीबा मुहल्ला से पुलिस तीन गो अपराधियन के बुध का दिने आनलाइन लाटरी चलावत में गिरफ्तार क लिहलसि. एक दर्जन लोग लाटरी खेलत धरइलें बाकिर ओह लोग के डाँट डपट के छोड़ दिहलसि पुलिस.

गाजीपुर के सुहवल इलाका के एगो गाँव के कालेजिया लइकी के गाँवे के एगो लइका फुसला के वाराणसी ले गइल आ ओहिजे ओकरा से एगो होटल में कुकर्म क के छोड़ भागल. जानकारी मिलला का बाद ओकर महतारी थाना जा के केस लिखवले बाड़ी.

गाजीपुर के महुआबाग में एगो बीमा कंपनी के सीनियर ब्रांच मैनेजर के घूस लेत घरी सीबीआई के टीम ध लिहलसि. उ एगो ट्रक वाला से सवा लाख के क्लेम पास करावे ला 13 हजार रुपिया घूस में मंगले रहुवे.

आजमगढ़ के गंभीरपुर इलाका के एगो लइकी से गैंगरेप करे वालन का खिलाफ छह दिन बाद केस लिखलसि पुलिस. तब जा के पुलिस ओकरा के बरामद करवलसि बाकिर चारो बदमाश फरार हो गइल बाड़ें स.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: