घोटालाबाज लालू के खानदानो घोटाला करे में लागल बा. बेटा बेटी दामाद सभकर नाम कवनो ना कवनो घाटोलो में आवे लागल बा. जेकर नाम अबले सामने नइखे आइल ऊ एह चलते कि जाँच के आग अबहीं ओकरा ले चहुँपल नइखे.

आजु लालू के बेटी मीसा भारती के करिया धन उज्जर करावे के आरोप में मीसा भारती के चार्टर्ड एकाउंटेंट राजेश अग्रवाल के प्रवर्तन निदेशालय के टीम गिरफ्तार क लिहलसि. अब उनुकर पेशी पटियाला कोर्ट में करावल जाई. ई गिरफ्तारी 8000 करोड़ रूपिय के धनशोधन मामिला में भइल बा. राजेश अग्रवाल प आरोप बा कि ऊ मीसा यादव के कंपनी मिशेल पैकर्स एंड प्रिंटर्स के फर्जी कंपनियन का माध्यम से फर्जी खाता इंट्री करा के करिया धन उज्जर करवलन. राजेश अग्रवाल प अउरियो लोगन से कमीशन लेके एब तरह के काम करावे के आरोप बा.

मीसा का मामिला में एक हजार करोड़ रुपिया के बेनामी संपत्ति के खरीद-फरोख्त के आरोप लागल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: