लूटल ट्रक आ चार गो दोसर गाड़ियन का साथे जौनपुर के सिरकोनी इलाका के शादीपुर गाँव का लगे से पाँच गो लूटेरन के पुलिस ध लिहलसि.

आजमगढ़ के बऊवापुर गाँव में मंगल सँझिया एदो नवही के चहेट के गोली मार दिहले सँ बदमाश.

मऊ के कोपागंज इलाका के डीसीएसके मोड़ का लगे मंगल सँझिया एगो दुकान पर चाय पीयत भासपा नेता आ एगो हत्या के केस में आरोपी पवन यादव के गोली मार के जान ले लिहल गइल आ दू गो मोटर साइकिल से आइल हत्यारा भाग निकलले सँ.

चुनावी झगड़ा बाप से रहल बाकि बदला ओकरा मासूम बेटा से ले लीहल गइल. आजमगढ़ के मेंहनगर इलाका के कटहन सिंहपुर गाँव के एगो स्कूल से उठा के सात बरीस के एगो बचवा के गरदन रेत के मार दिहलें स बदमाश.

बलिया के हल्दी इलाका के एगो गाँव के लइकी के कुछ दिन पहिले भइल खून के खुलासा करत पुलिस ओही गाँव के रहेवाला हत्यारा के पकड़ लिहलसि. दुनू का बीच पहिले इश्कबाजी चलत रहे बाकि बिआह का बाद प्रेमी ओकरा से जान छोड़ावल चाहत रहे बाकि महबूबा ओकरा के छोड़े ला तइयार ना रहे से ऊ ओकर खूने क दिहलसि.

बलिया के बाँसडीह इलाका के अकोल्ही गाँव को लगे एगो बेकाबू कार सड़क किनारे के चाय दुकान में घुस गइल आ ढेरे लोग के कचार दिहलसि. एह हादसा में तीन लोग के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल होके अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d