सारण जिला के मशरख इलाका के करनपुरा मठिया में गैर कानूनी असलहा बनावे वाला एगो फैक्टरी के खुलासा करत सारण पुलिस ओकरा संचालक के मय असलहा गिरफ्तार करे में कामयाब हो गइल. ई फैक्टरी ओहिजा बरीसन से चलत रहुवे.
मशरख में प्रेशर कूकर मरम्मति के धंधा करे वाला ई बचन शर्मा राति बेरा देशी असलहा बनावे का काम में लाग जात रहुवे. ओकर 55 बरीस के उमिर ओकरा के छाँव देत रहुवे आ पुलिस के ओकरा प शक ना जात रहुवे. हालांकि ऊ पहिलहूं आर्म्स एक्ट में जेल जा चुकल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d