दुबई,26 फरवरी(वार्ता). बॉलीवुड अभिनेत्री श्रीदेवी के मौत के कारण पहिले “कार्डियक अरेस्ट” बतावल गइल रहुवे बाकिर अब ई मामिला गहिरात जात बा. दुबई पुलिस के कहना बा कि होटल के बाथरूम के बाथटब में बेहोश होके गिरला का बाद डूबला से उनुकर मौत भइल बा. पुलिस के इहो कहना बा कि उनुका खून में अल्कोहल के अंश मिलल बा आ शायद नशा का चलतो ई हादसा भइल.
दुबई पुलिस एह मामिला के जाँच करे ला दुबई के सरकारी वकील के सउँप दिहले बिया. पुलिस के कहना बा कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट से ईहे निकलल कि श्रीदेवी के मौत बेहोश हो के बाथटब में गिरके डूबला से भइल बा. एह मामिला के दुबई के सरकारी अभियोजन विभाग के दे दीहल गइल बा जो एह मामिला में नियमित विधिक कार्रवाई करी.
एही सभ का चलते श्रीदेवी के देह भारत ले आवे में अबहीं समय लागे वाला बा. पुलिस के कहना बा कि ऊ कबो ई नइखे कहले कि मौत दुर्घटना से भइल बा. कवनो डॉक्टरो ई ना कहि सके कि ई मौत डूबला से भइल बा कि डूबवला से. पुलिस पता लगावत बिया कि ओह बेरा उनुका साथे के के रहल.