बरबाद हो जाएब बाकिर सुधरब ना वाला जिद चरिता्थ कपत कांग्रेस आजु यूपी से एकलौती कांग्रेसी सांसद सोनिया गाँधी के अपना संसदीय दल के नेता चुनि लिहलसि.

52 सांसदन वाला कांग्रेसी गोल का लगो अतनो सांसद नइखन कि ओकरा नेता विपक्ष के पद मिल सको बाकिर परिवार का सहारे जीयत खात कांग्रेसियन में अतना बेंवत नइखे कि ऊ परिवार का मर्जी का खिलाफ कुछ करि सको.

हाल का लोकसभा चुनाव में सोनिया गाँधी रायबरेसी से सांसद चुनाए में सफल रहली जबकि बगले के इलाका अमेठी में उनुकर बबुआ राहुल के पुपुही बजा दीहली भाजपा के स्मजति ईरानी. राहुल के एकर अनेसा पहिलहीं हो गइल रहुवे से ऊ केरल के मुस्लिम बहुल इलाको से आपन पर्चा दाखिल क दिहले रहुवन आ ओहिजा से जीत गइलन.

#Visuals Sonia Gandhi has been elected as Chairperson of Congress Parliamentary Party (CPP). pic.twitter.com/hDapq8FkJ3— ANI (@ANI) June 1, 2019

नेता चुनइला का बाद अपना समर्थकन के धन्यवाद दिहली सोनिया गाँधी. सोनिया के नाम के प्रस्ताव मनमोहन सिंह कइलन आ बाकी लोग एकर समर्थन क के सोनिया गाँधी के कांग्रेसी संसदीय गोल के नेला बना दीहल.

अबहीं ले ई साफ नइखे भइल कि राहुल आपन इस्तीफा वापिस लेबे का बारे में का सोचले बाड़न.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d