सोनिया गाँधी हाजिर हो ! राहुल गाँधी हाजिर हो!
काल्हु दिल्ली के पटियाला हाउस कोर्ट में एह तरह के आवाज सुने के मिल सकेला अगर आजु रात ले कवनो करामात नइखे हो जात. नेशनल हेराल्ड के करोड़ो रुपिया के संपति गलत तरीका से हथियावे के अछरंगी सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी समेत कांग्रेस के कुछ अउर बड़का नेतवन के काल्हु अदालत में अछरंगी का रूप में हाजिर होखे के उमीद बन गइल बा काहे कि आजु दिल्ली हाई कोर्ट एह लोग के पेशी से छूट देबे के गोहार माने से नकार दिहलसि.
धन आ राजनीतिक बल दुनू मामिला में भरपूर बरियार ई महतारी बेटा कवनो कोर कसर ना छोड़लें कि एह लोग के अदालत में पेश होखे से छुट्टी मिल जाव. बड़का बड़का वकील लोग के दलील बेकार हो गइल आ हाई कोर्ट कह दिहलसि के पेशी पर हाजिर होखे से छूट ना दीहल जा सके.
अब पूरा उमेद बा कि एह लोग के वकील सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटीहें आ अचरज ना होखे के चाहीं अगर आखिर आखिर समय में एह लोग के छूट मिल जाव. तीस्ता सीतलवाद के मामिला उदाहरण बा एह बात के जब एगो वकील के फोन पर तीस्ता के जमानत मिल गइल रहुवे. कारण चाहे जवन होखो बाकिर कई मामिलन में अदालत के रुख आ फैसला जनमानस के झकझोर के राखत आइल बा. मानल जा सकेला कि अदालत जनभावना से काम ना करे आ ओकरा कानून का दायरा में काम करे के होला. बाकिर सगरी छूट अपराधियन के कइसे मिल जाला जबकि गरीब बेसहारा निर्दोषन का मामिला में अदालत में एह तरह के सुविधा ना मिल पावे.
शायद तुलसीदास एही के बहुत पहिले लिख गइल रहलें कि समरथ के नहीं दोष गुसाईं!
अब काल्हु तकले इंतजार कइल जाव कि घोटाला के आरोपी महतारी बेटा के अदालत में पेशी से छूट मिलत बा कि ना.
नेशनल हेराल्ड के मामिला के कुछ खास बात रउरो जान जाईं त ठीक रही. नेशनल हेराल्ड के पाँच हजार करोड़ के संपति महतारी बेटा अपना कुछ गुर्गन का सहायता से महज पाँच लाख रुपिया लगा के हथिया लेले बा लोग आ नेशनल हेराल्ड के पाँच हजार करोड़ के मालिक बन गइल बा लोग. नेशनल हेराल्ड के शेयर होल्डरन आ कर्मचारियन के कुछु ना मिलल आ सब कुछ महतारी बेटा का हाथे लाग गइल बा.
महज राजनीतिक रसूख का आधार पर गाँधी परिवार का लगे बेशुमार संपति हो गइल बा आ ई लोग दुनिया के मालदार लोगन का माथ में शामिल हो गइल बा.