नयी दिल्ली, 28 फरवरी (वार्ता) केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) आजु आईएनएक्स मीडिया से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामिला में केंद्रीय मंत्री रहल पी. चिदम्बरम के बेटा कार्ति चिदम्बरम के चेन्नई हवाई अड्डा पर उतरते गिरफ्तार कर लिहलसि. कीर्ति लन्दन से आवत रहलें.
जांच एजेंसी के दावा बा कि कार्ति जांच में सहयोग नइखन करत. कार्ति के आजुए चेन्नई से दिल्ली ले आवल जाई. पर साल 15 मई के सीबीआई कार्ति का खिलाफ आपराधिक षड्यंत्र रचे, धोखाधड़ी, भ्रष्ट आ अवैध काम ला धन लेबे, सरकारी कर्मचारी के निर्णय बदले ला प्रभावित करे आ आपराधिक दुराचार के मामिला दर्ज कइले रहुवे.
कार्ति चिदंबरम पर आरोप बा कि ऊ मुम्बई के आईएनएक्स मीडिया के विदेशी निवेश संवर्धन बोर्ड (एफआईपीबी) से हरियर झंडी दिखवावे का नाम पर 3.5 करोड़ रुपिया लिहले रहुवन. ओह घरी कार्ति के बाप पी चिदम्बरम केंद्रीय वित्त मंत्री रहलन.
दू दिन पहिलहीं दिल्ली के एगो अदालत कार्ति के चार्टर्ड एकाउंटेंट एस भास्कररमन के 14 दिन के न्यायिक हिरासत में भेजले बिया. उहो एही मामिला में गिरफ्तार बाड़ें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: