आतंकी वारदात करे में लागल इस्लामिक स्टेट के आतंकियन के सेक्स सुख देबे आ ओह सुख के भोगे ला बेचैन सात सौ मेहरारुवन के सीरिया चहुँपे के खबर बा. एह बात के जानकारी ट्यूनिशिया के महिला मामिलात के मंत्री समीरा मेराइ दिहले बाड़ी.
उनकर कहना बा कि एह तरह के सेक्स जिहाद चिंता के बात बा काहे कि एहमें से अधिका मेहरारू बाद में गाभिन हो के लवटत बाड़ी सँ.