आरा-छपरा के बीच बनत गंगा नदी पर नयका पुल त जल्दिए बन जाई बाकिर एह पुल पर आवाजाही शुरु होखे में समय लागे वाला बा काहे कि एह पुल पर जाए ला जमीन नइखे भेंटात. आरा ओरि 16 किलोमीटर लमहर पहुँच पथ होखे के बा आ छपरा ओरि 1 किलोमीटर के. दुनू ओर जमीन के किल्लत अबहीं ले बनल बा. बतावल जात बा कि आरा ओरि एह सड़क पर कई गो गाँव पड़ जात बाड़ी सँ.
देखल जाव बिहार सरकार एह समस्या से कइसे निजात पावत बिया. केन्द्र सरकार के भूमि कानून पर बवाल खड़ा करा करा के विपक्ष अइसन हालात बना दिहले बा कि विकास खातिर कवनो काम करा पावल मुश्किल हो गइल बा. शायद विपक्ष के मकसदे इहे बा कि कवनो तरह के विकास मत होखो आ मोदी सरकार के कटघरा में खड़ा क के फेर घोटालाबाजन के सरकार बना दीहल जाव आ पिछला यूपीए सरकारन का तरह घोटालाबाजन के पौ बारह हो जाव.
चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ जेल से जमानत पर छूटल लालू प्रसाद के सहयोग से बनल सरकार देश के माहौल बिगाड़े के एगो बड़हन हथियार बन गइल बा. कांग्रेस के त बस देश लूटे से मतलब बा आ आपन कमाई के राह बंद भइला से ओकर परेशानी देखे जोग हो गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d