श्रीनगर, 01 मई. आतंकवादी बारामूला में तीन गो नवहियन के हत्या क दिहले बाड़े सँ आ एहसे जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री महबूबा मुफ्ती परेशान बाड़ी. ओने मुख्य विपक्षी गोल नेशनल कांफ्रेंस के कार्यकारी अध्यक्ष उमर अब्दुल्ला मांग करत बाड़न कि अलगाववादी एह हत्या के निंदा करसु. महबूबा मुफ्ति परेशान जरुर बाड़ी बाकिर उहो अबहीं ले एह हत्यन के निंदा नइखी कइले. अपना ट्वीट में महबूबा मुफ्ती बस अतने कहले बाड़ी कि – बारामूला में आतंकवादियों का हाथे तीन गो नागरिकन के हत्या के खबर सुनके परेशान बानी. मरे वालन के परिवारों ला हमार गहिर संवेदना बा.
ओने उमर अब्दुल्ला अपना ट्वीट में कहले बाड़न कि – अबहिंए बारामूला में आतंकवादी तीन गो नागरिकन के हत्या क दिहले बाड़न स. हम देखल चाहब कि अलगाववादी नेता एकर निंदा करीहें कि ना जवन कि ऊ अक्सरहां सुरक्षा बलन के हाथे नागरिकन के मरइला पर करेलें.
पुलिस महानिदेशक एसपी वैद्य अपना ट्वीट में कहले बाड़न कि – बारामूला के पुरनका इलाका में आतंकवादी तीन गो बेगुनाह नवहियन के हत्या क दिहलें. एही से पता लागत बा कि घाटी में आतंकवाद से आम आदमी के जीवन के कतना खतरा बा.
सुरक्षा बल एह नवहियन के हत्या करे वाला लश्कर-ए-तयैबा के आतंकवादियन के पकड़े ला काल्हु देर रात बड़हन तलाशी अभियान शुरू क दिहले बाड़ें बाकिर अबहीं ले कनवो सफलता मिले के खबर नइखे.
पुलिस के कहना बा कि एहमें एगो पाकिस्तानी का साथे दू गो स्थानीय आतंकवादियन के शामिल रहे के अनेसा बा.
बतावे जोग बा कि काल्हु देर साँझ बारामूला के पुरनका शहर के इकबाल मार्केट में बंदूकधारी आतंकवादी तीन गो नवहियन के गोली मारके हत्या कर दिहलें स.