डीडीसीए विवाद में वित्त मंत्री अरुण जेटली के कटघरा में खड़ा करावे के कोशिश में लागल बिहार से भाजपा सांसद कीर्ति आजाद के निलंबित त क दिहलसि भाजपा बाकिर कीर्ति अतना आजाद बाड़न कि सुने के तइयार नइखन.
उनकर कहना बा कि ऊ पिछला कई बरीस से भठियरपन का खिलाफ आन्दोलन चलावत बाड़न आ एहमें आपन कवनो गलती नइखन देखत. बाजपेयी के कविता सुनावत उनकर कहना बा कि हार नहीं मानूंगा रार नहीं ठानूगाँ. कीर्ति आजाद भाजपा के मार्गदर्शक मण्डल से एह बारे में निर्देश मंगले बाड़न जवना सिलसिला मेंं आजु दिल्ली में भाजपा के चार गो पुरनिया नेता – लालकृष्ण आडवाणी, मुरली मनोहर जोशी, यशवन्त सिन्हा आ शांता कुमार – बइठक कइलन. एह बइठक में का तय भइल ई अबहीं सामने नइखे आइल.
ओने कीर्ति आजाद के अपना समर्थन में डा़ सुब्रह्मण्यम स्वामी के सहायता मिल गइल बा. कहलन कि भाजपा से मिलल नोटिस के जवाब देबे में स्वामी जी सहायता करीहें. स्वामीओ एगो ट्वीट क के आपन सहमति जता दिहले बाड़न.
लागत बा कि भाजपा के अन्दरखाने एही बहाने जोर आजमाइश क लेबे के तइयारी होखत बा आ मोदी का चलते किनारे लाग गइल सगरी नेता आपसी मनभेद भुला के एकजुट होखे लागल बाड़न.
इहो जाने जोग बा कि भाजपा समर्थक सोशम मीडिया के ‘भक्त’ जेटली के विरोध में रहेलें काहे कि उनुका लागेला कि जेटलीए के चलते बहुते कुछ आर्थिक फैसला जन विरोधी होखत बा. हालांकि एह मामिला में क्लब 160 के तेजी देखत बुझात नइखे कि जेटली के विरोध में भक्ते भर बाड़े कि दिल्ली के चौकड़ीओ शामिल बिया. एकरा पर नजर राखल राजनीति के पढ़निहार ला जरुरी बा.