कांग्रेस के मलिकार बुढ़वा बबुआ अध्यक्ष बनला का बादो कांग्रेसे के बिलवावे पर लागल लउकत बा. पता ना उनकर भाषण के लिखऽता. बाकिर जेही लिखऽता से थ्री इडिएट वाला चमत्कार वाला बलात्कार कइला से
बाज नइखे आवत. दोसर उनुकर साथी सलाहकार कहीं भा लगुआ-भगुआ, ओहनिओ के समुझ पर अचरज होखत बा.
अमेठी से फेरु स्मृति इरानी से टकराए के सोचिए के बबुआ आ उनुका लगुआ-भगुअन के हवा खुले लागल बा आ एगो सोचल-समुझल चाल का मुताबिक उनुका के अमेठी का साथही भारत के कवनो दक्खिनी राज्य के कवनो सुरश्रित सीटो से लड़ावे के चरचा शुरु हो गइल बा. स्वाभाविक बा कि स्मृति टिटकारी मरला से बाँव ना जइहें आ भाग राहुल भाग जइसन बाति कहि के आपन तंज कस दिहले बाड़ी.
स्मृति के अमेठी से लड़ल ओतने तय रहुवे जतना राहुल के. अगर कांग्रेस के रणनीतिकारन के जमीनी हकीकत के अन्दाजा रहुवे त स्मृति के उमीदवारी के एलान होखे से पहिलहीं राहुल के दू सीट से लड़े के एलान हो जाएल चाहत रहुवे. अब एह मोड़ पर राहुल के दोसरो सीट पर लड़े के बाति से पूरा कांग्रेस के गोड़ उखड़ल तय मान लीं. जब सरदारे भाग निकलल त बाकी लोगन के कवन दोष.
एकरा अलावे आजु राहुल पश्चिम बंगाल के मालदा में चुनावी भाषण देत ममता बनर्जी के बखिया उधेड़े में इचिको कोताही ना कइलन. वइसे उनुका के ई भाषण याद करावे में बेसी मेहनत ना करे के पड़ल होखी. बस मोदी का बदले ममता कहे के रहुवे. आ एकरा साछही केरल से राहुल के चुनाव लड़े के बाति से बंवारा गिरोहो बिनबिना गइल बा.
महागठबन्हन बनावे भा मोदी का खिलाफ एगो बड़हन गिरोह बनावे के कोशिशो पर ई खबर भारी पड़ीहें सँ.
एही चलते कहल जा सकेला कि कांग्रेस के बिलवावे पर लाग गइल बा बबुआ.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d