सिओल, 27 अप्रैल (रायटर). उत्तर कोरिया आ दक्षिण कोरिया के माथ नेता दसि.न बरीस बाद आजु पहिला बेर एक दोसरा के हाथ अपना हाथ में ले के बतियवलें.
पर साल ले उत्तर कोरिया के प्रमुख किम जोंग उन आपन मिसाइल का दम पर दक्षिण कोरिया आ पड़ोसी देशन के डरवावत रहलें बाकिर आजु उनुकर हाव भाव आ लहजा देखि के सभे चकित बा कि आखिर उनुका में अइसन बदलाव कइसे आ गइल. एह नाटकीय मुलाकात के बहुते अहमियत बा काहे कि जल्दिए किम जोंग उन के मुलाकात अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप से होखे वाला बा जवना में उत्तर कोरिया के परमाणु हथियारन का बारे में चरचा होखी.
दुनु कोरियाई न्तन के मुलाकात बहुते सुरक्षित मानल जाए वाला पानमुनजोम गांव में भइल जहवां कवनो आबादी नइखे. एह मुलाकात से पहिले किम जोंग कहलें कि – हमनिका आजु ओह शुरूआती लाइल पर बानी जा जहाँ से शांति, समृद्वि अउर अंतरराष्ट्रीय संबंधन के एगो नया इतिहास लिखल जाई.
दक्षिण कोरियाई अधिकारी कहलें कि एह बेहद निजी मुलाकात के दौरान किम जोंग अपना समकक्ष मून जाई इन से कहलन कि ऊ दसियन साल से चलल आवत आपसी बैर खतम करे एह बइठक में आइल बाड़न आ हँसत हँसत जोड़लन कि हमरा एह बाति के बहुते दुख बा कि मिसाइलन के डर देखाके ऊ बैचेनी बढ़ावे के काम कइले रहलें.
अधिकारियन के कहना बाकि उत्तर कोरियाई नेता इहो कहलन कि ऊ सिओल में राष्ट्रपति के ब्लू मून हाऊस के यात्रा के इच्छुक बाड़ें आ आवे वाला दिनो में एह तरह के मुलाकात होखत रहल चाहत बाड़ें.
दुनु नेता करीब डेढ़ घंटा ले बतियवलें आ एह दौरान गोपनीयता के पूरा खयाल राखल गइल.
किम जोंग आजु दिन में एगो गाछो रोपिहें आ ओकरा बाद साँझ बेरा मून जाई इन का साथे डिनर करीहें आ राति में एगो फिलिमो देखीहें. बाकिर कुछ जानकार एह बारे में आशंकित बाड़ें कि का सचहूँ किम जोंग आपन दसियन बरीस पुरान हथियार कार्यक्रम के छोड़ दिहें. एहसे पहिले साल 2000 आ 2007 में दुनु देशन के नेतन के बातचीत भइल रहल बाकिर ओह से कवनो फायदा ना भइल रहुवे.
दक्खिन कोरिया आइल किम जोंग के सुरक्षा लेके अतना सावधानी बरतल गइल कि उत्तर कोरियाई के सुरक्षा विशेषज्ञ आके पहिले ओहिजा कवनो तरह के विस्फोटक भा खुफिया उपकरण के खोजे ला तलाशी लिहलें आ कमरा के कुर्सियन आ गेस्ट बुक पर कीटाणु मारे वाला खास तरह के रसायन के छिड़काव कइलें.