कोविड-19 के मौजूदा मरीजन के गिनिती अतवार का दिने लगातार दुसरका दिने घट के आइल बा. पिछला दस दिन में ई तिसरका दिन रहल जब कोविड के मौजूद मरीजन के गिनिती में कमी दर्ज भइल.
रोज मिलल नया मरीजन के गिनिती में से ठीक भइल मरीजन के गिनिती घटवला का बाद पता चलेला कि कोविड के मरीज कुल मरीज घटलें कि बढ़लें.
पिछला 11 सितम्बर के दिन सबले खराब रहल. ओह दिन कोविड के मौजूद मरीजन में 25671 के बढ़ोतरी दर्ज कइल गइल. ओह दिन कुल मरीजन के गिनिती आइल 9 लाख 43 हजार 4 सौ 80. ओकरा बाद 15 सितम्बर का दिने नया मिलल मरीजन से 2014 अधिका मरीज ठीक हो के निकललें. फेरु शनिचर का दिने मौजूद मरीजन में 2543 के कमी दर्ज भइल. अतवारो का दिने कोविड के मौजूद मरीजन में 2007 मरीजन के कमी दर्ज भइल बा.
18 सितम्बर का दिने देशभर में कोविड के कुल 10 लाख 17 हजार 7 सौ 54 मरीज मौजूद रहलें जवन अबले के सबले बड़हन गिनिती बावे. 19 सितम्बर का दिने 10 लाख 13 हजार 9 सौ 64 मरीज रहलें. आ 20 सितम्बर का दिने एहमें आइल 2007 मरीजन का कमी का बाद मौजूद मरीजन के संख्या हो गइल 10 लाख 10 हजार 8 सौ 24.
जाने जोग बा कि मरीजन के एह घटबढ़ में मरे वाला मरीज शामिल नइखन. शनिचर का दिने 1247 गो मौत आ अतवार का दिने 1133 मौत दर्ज भइल बा.
आशा कइल जाव कि कोविड मरीजन के गिनिती एही तरह कम होखत जाव.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d