• कहाँ बा नीमन दिन कहे आ पूछे वाला लोगन के जवाब देत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी मथुरा रैली में कहलन कि घोटालाबाजन के नीमन दिन अब कबो नइखे आवे वाला. ओह लोग के त अब खराब दिन आइल बा जवन अउरी खराब होखत जाई. कहलन कि उनकर सरकार गरीबन खातिर काम करे में रात दिन लागल बिया आ बाकी गोल एह काम में अड़ंगा लगावे में लागल बाड़न. जे लोग साठ बरीस से सत्ता में रहुवे आ रात दिन देश के लूटे में लागल रहुवे ओह लोग के बेचैनी समझ में आवे के बात बा. कहलन कि ओह लोग के नीमन दिन आवे के गारंटी ऊ कबो ना लिहले रहन.
  • केजरीवाल के उछले के मौका देत दिल्‍ली उच्‍च न्‍यायालय कहलसि कि दिल्‍ली प्रदेश सरकार के एंटी करप्शन शाखा पुलिस वालन के गिरफ्तार कर सकेले. कहलस कि केन्द्र सरकार दिल्ली सरकार के अधिकार कटौती के अधिसूचना जारी ना कर सके.
  • बाम्बे स्टाक एक्सचेंज के सेंसेक्स सोमार का दिने 314 अंक गिर के आ निफ्टी 89 अंक गिर के बंद भइल. रुपियो में पाँच पइसा के कमजोरी देखे के मिलल.
  • मोदी सरकार के पहिला साल पूरा होखे का मौका पर संघ आ विहिप अयोध्या में राम मंदिर बनावे के दबाव बनावल शुरु कर दिहले बाड़े. संघ के अखिल भारतीय सह संपर्क प्रमुख अरुण कुमार नागपुर में मीडियावालन से कहलन कि भाजपा सरकार के आपन वादा पूरा करे के चाहीं. खास कर के राममंदिर बनावे आ धारा 370 खतम करे के काम में आवत अड़चन के जतना जल्दी हो सके हटावे के काम होखे के चाहीं.
  • उत्तरप्रदेश के कौशांबी जिला में सिराथू के अटसराए टीसन का लगे मूरी एक्सप्रेस के 8 गो डिब्बा बेपटरी हो गइला का चलते एक यात्री के मौत हो गइल आ करीब आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. ट्रेन राउरकेला से चलके जम्मूतवी जात रहुवे.
  • सुरक्षा बल नियंत्रण रेखा का लगे आतंकवादियन के घुसपैठ के कोशिश नाकाम कर दिहले बाकिर एह दौरान तीन गो जवान शहीद हो गइलें. जबकि महज एके गो आतंकी मरा पाइल.
  • झारखंड आ बिहार बंद का गोहार लगावे वाला नक्सली गिरोह काल्हु 32 गो ट्रक जरा दिहलें. एहसे करोड़ोें के नुकसान भइल बा.
  • चीन सरकार अपना झिनजियांग इलाका में शुरू भइल एगो बड़हन अभियान में 181 गो आतंकी ठिकानन पर छापा मरलसि. 112 गो आतंकी समर्पण कर दिहलें.
  • पाकिस्तान के बलूचिस्तान में राष्ट्रपति ममनून हुसैन के बेटा सलमान ममनून के काफिला पर निशान लगा के कइल गइल बम विस्फोट में सलमान त बाच गइले बाकिर तीन लोग के जान चल गइल आ 15 लोग घवाहिल हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: