माकपा के सांसद मोहम्मद सलीम आजु लोकसभा में चलत असहिष्णुता पर चरचा का बीच एगो गलतबयानी क के माहौल गरमा दिहलन. उनुका गलत बयान पर गृहमंत्री तुरते विरोध जतावत कहलन कि या त सांसद आपन बयान के सचाई साबित करसु ना त माफी माँगसु. राजग के सांसदो लोग एह बात ला सलीम के खिलाफ आवाज उठवलें.

असल में मोहम्मद सलीम एगो कवनो पत्रिका में छपल खबर के आधार बना के कह दिहलन कि जब नरेन्द्र मोदी पीएम बनलें त राजनाथ सिंह के कहना रहुवे कि आठ सौ बरीस का बाद कवनो हिन्दू के सरकार आइल बा. हालांकि ई बयान विश्व हिन्दू परिषद के अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल स्व. अशोक सिंहल के रहुवे बाकिर बिना सचाई पता लगवले मोदी सरकार के घेरे का मोह में सलीम ई गलत बयानी क गइलें. बाद में मोहम्मद सलीम के बयान के कार्यवाही का रिकार्ड से हटा दीहल गइल बाकिर जवन नुकसान होखे के रहुवे तवन त करिए गइलन मोहम्मद सलीम.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: