दिल्ली के एगो बलात्कार पीड़िता सुकन्या के पहचान उजागर करे के आरोपी कांग्रेस नेता राहुल गाँधी अब गलथेथरई पर उतर आइल बाड़न. टूटकिट मामिला में ट्वीटर के दखलंदाजी के बड़ाई करे वाला कांग्रेस अब ट्वीटर का खिलाफ बोलत बिया. कानून का मुताबिक कवनो बलात्कार पीड़िता सुकन्या के पहचान उजागर कइल अपराध मानल जाई. राहुल गाँधी दिल्ली के एगो बलात्कार पीड़िता के परिवार से भेंट करे गइल रहलें आ ओह परिवार के फोटो ट्वीटर पर डाल के एगो बड़हन अपराध कर गइलें, अनजाने में भा लापरवाही में भा मनबढ़ी में कि उनुका खिलाफ केहू का कर ली. बरीसन से एगो घोटाला मामिला में जमानत पर चलत राहुल गाँधी के विदेशी नागरिकता का सवाल पर अमित शाहो जइसन लोग चुप्पी साध लेला त दोसरा के का बेंवत.

बाकिर ट्वीटर हत्था पर रोक लाग गइला का बाद राहुल गाँधी परेशान हो गइल बाड़न. उनुका साथही कांग्रेसो परेशान हो गइल बिया. राहुल के कहना बा कि विपक्ष के बोले नइखे दीहल जात. संसद में बवाल कइला पर ओकरा खिलाफ कार्रवाई होखत बा, मीडिया पक्षपाती हो गइल बिया आ अब आखिरी पड़ाव ट्वीटरो पर से उनुकर डेरा डंडा हटावल जा रहल बा. एह तरह के काम कर के ट्वीटर देश के राजनीति में दखलंदाजी करत बिया जवन लोकतंत्र खातिर घातक बा. लोकतंत्र के मतलब होला कि संसद में काम ना होखे दीहल जाव, सड़क पर बेवजह आन्दोलन क के राह रोक दीहल जाव, आ एह काम में बाधा डालल जा रहल बा. ट्वीटर पर बिना कवनो प्रमाण आरोप लगावे के सुविधा रहेला आ ओह सुविधा से अब कांग्रेस के महरुम कर दीहल गइल बा. राहुले के ना हजारन कांग्रेसियन के हत्थो पर रोक लगा दीहल गइल बा.

भाजपा सांसद तेजस्वी सूर्या राहुल गाँधी के सलाह दिहले बाड़न कि उऩुका मोदी सरकार के बनावल इंटरनेट मीडिया वाला कानून के इस्तेमाल करे के चाहीं जवना के बनावत घरी कांग्रेस भरपूर विरोध कइले रहुवे. कहले बाड़न कि अपराध कइला का बाद ओकरा के अभिव्यक्ति के आजादी से ना जोड़ल जा सके. राहुल गाँधी जवन कइलें तवन अशोभनीय, अवैध आ अमानवीय रहुवे.

लव-जिहाद पर बनल एगो फिलिम के ट्रेलर शुक का दिन से यू ट्यूब पर देखावल जा रहल बा. एहसे पहिले कि कवनो बहाना से एह ट्रेलर पर रोक लाग जाव रउरो सभे देख लीं.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d